Home > Bhojpuri Films, Bhojpuri Movie News, News > सुर संग्राम में बहल भक्ति के रसधार

सुर संग्राम में बहल भक्ति के रसधार

महुआ चैनल पर आ रहल रियलिटी शो सुर संग्राम का सेट पर पिछला दिने पूरा तरह से भक्तिमय माहौल रहुवे. सावन का एह पावन महीना में एह रियलिटी शो के निर्माता एपना एक एपिसोड के पूरा तरह से भक्ति विशेष बना दिहलें. सब प्रतिभागियन के भक्ति गीत गावे के मौका मिलल.
एह खा भक्ति एपिसोड में चार चांद लगावे आइल रहलें भजन सम्राट अनूप जलोटा. सेट पर जइसहीं सूत्रधार बनल मनोज तिवारी अनूप जलोटा के आमंत्रित कइलन पूरा सेट भक्तिमय हो गइल आ सब केहू खड़ा हो के अनूप जलोटा के स्वागत कइल. फेर एक एक करके प्रतिभागी आवत गइलन आ अपना मधुर आवाज से माहौल के भक्तिरस में डूबोवत गइलन. केहू माँ दुर्गा के वंदना कइल त केहू बाबा भोलेनाथ के.

भक्ति रस के बहत रसधार में अनूपो जलोटा आपन एगो भजन सुनवलन आ शो के अंत में अचके में आँसू के बाढ़ आ गइल जब कवनो बात पर अनूप जलोटा अपना पिताजी के याद कर बइठलन आ उनका आँख से लोर बहे लागल. तले सेट पर मौजूद राँची के ज्योति साहूओ फूट फूट के रोवे लगली काहे कि उनको अपना दिवंगत पिता के याद आ गइल.

Read Original Story

  1. No comments yet.