मूर्ति खातिर पइसा बा, लेकिन लइकन के पढाई खातिर ना
लखनऊ। उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री मायावती का लगे आपन मूर्ति लगवाये खातिर त पइसा बा, लेकिन लइकन के पढ़ाई खातिर नइखे। प्रदेश में दलित नेता लोग के नांव पर पार्क आ स्मारकन पर त मायावती करोड़ों रूपया खर्च कइ देहली, लेकिन शिक्षा का अधिकार अधिनियम लागू करे खातिर ऊ केन्द्र से पइसा मांग रहल बाडी।
Read Original Story
Categories: Bhojpuri Films, Bhojpuri Movie News, News